कहल बा कि भगवान ओकरे मदद करेले, जे अपना लक्ष्य के पावे खाती पूरा ईमानदारी अवुरी पूरा क्षमता से मेहनत करेला। भोजपुरी फिल्म जगत के आज के दौर के में ए बात के खेसारी लाल यादव सच क के देखा दिहले। बिहार के छपरा (सारण) जिला के एगो छोटी-मूटी गाँव - बिर्ती टोला के एगो अति साधारण परिवार में जन्म लेवेवाला शत्रुध्न प्रसाद उर्फ खेसारी लाल यादव आज पहचान के मोहताज नईखन। खेसारी अपना मेहनत के दम प अपना परिवार, गाँव, जिला समेत समाज में एगो खास स्थान बना लेले बाड़े।
खेसारी लाल यादव |
लेकिन, ए सभसे अलग, खेसारी के मन में कुछ अवुरी लक्ष्य बनत रहे। कुछ सपना रहे, जावना के पूरा करे के रहे। अपना लक्ष्य के पीछा करत खेसारी के 2011 में निर्माता आलोक कुमार अवुरी निर्देशक प्रेमांशु सिंह के फिल्म श्साजन चले ससुरालश् मिलल। निर्माता जहां श्सइयाँ अरब गइले ना ...श् के भंजावे के सोचत रहले, उहें खेसारी ए फिल्म के संगे अपना खाती एगो नया मंजिल तय क लिहले।
फिल्म रिलीज भईल अवुरी इतिहास बना देलस। एक मौका के तलाश में भटक्त खेसारी लाल यादव खाली स्टार ना, सुपरस्टार हो बन गईल रहले।
ए फिल्म के कामयाबी के बाद त खेसारी के भीरी फिल्म के लाइन लाग गईल। लेकिन, कामयाबी के नशा अभियो खेसारी के माथा प ना चढ़ल रहे। खेसारी फिल्म के चुनाव में पूरा सावधान रहले अवुरी एही साल (2011) के अंत में निर्देशक राजकुमार पांडेय के फिल्म श्नागिनश् में अपना अभिनय क्षमता के जबर्दस्त परिचय दिहले।खेसारी जब भोजपुरी सिनेमा में अपना पारी के शुरुआत करत रहले, तब मनोज तिवारी, पवन सिंह, रवि किशन अवुरी निरहुआ के परचम लहरात रहे। अधिकांश लोग मानत रहले कि, भोजपुरी सिनेमा के छोट बाजार में फिलहाल एगो अवुरी स्टार के खाती जगह नईखे। लेकिन, ए बड़े-बड़े नाम के बीच ओ समय मात्र 23 साल उमर के खेसारी अपना अभिनय के बल प अपना खाती एगो खास जगह बना लिहले।
फिल्म श्नागिनश् के सफलता के बाद श्लहू के दो रंगश्, श्जान तेरे नामश्, श्सपूतश्, अवुरी श्देवरा पे मनवा डोलेश् से मिलल लगातार कामयाबी खेसारी के भोजपुरी सिनेमा के सबसे बड़ स्टार बना देलस।
एकरा बाद शुरू भईल मंदी के दौर। 2012 अवुरी 2013 में एक ओर भोजपुरी सिनेमा के बड़े-बड़े स्टार के फिल्म लगातार फ्लॉप होखे लागल। समय अयीसन आईल कि श्सुपरस्टारश् कहाए वाला लोग से निर्माता दूर भागे लगले। लेकिन खेसारी लाल यादव ए दौर में श्दिल ले गइल ओढ़निया वालीश्, श्प्रतिज्ञा-2श्, श्संसारश्, श्तेरी कसमश्, श्ऐ बलमा बिहारवालाश्, श्प्यार झुकता नहींश् जईसन फिल्म के सफलता के बल प आगे बढ़ले।
खेसारी अब सिनेमा जगत के बहुत नजदीक से जान गईल रहले। अभिनेता खेसारी लाल यादव 2014 में निर्माता खेसारी लाल यादव बनले अवुरी पहिला फिल्म आईल श्लाडलाश्। हालांकि, बॉक्स ऑफिस प ए फिल्म के साधारण मिलल लेकिन खेसारी के निजी जीवन प आधारित ए फिल्म के समीक्षक बहुत सरहले।
अब भोजपुरी सिनेमा में खेसारी के तूति बोलत रहे। 2014 में श्लाड़लाश् के संगे-संगे श्साथियाश्, श्चरणों की सौगंधश्, श्तू मेरा हीरोश्, श्बेताबश् अवुरी श्खून भरी मांगश् इनिका के भोजपुरी सिनेमा के बेताज बादशाह बना देलस।
खेसारी लाल यादव |
निर्माता, निर्देशक अवुरी वितरक के पहिला पसंद कहाए वाला खेसारी 2016 में असलम शेख के श्खिलाड़ीश्, निर्देशक मंजुल ठाकुर के श्दबंग आशिकश् अवुरी श्दूध का कर्जश् में देखाई दिहले, जबकि श्साजन चले ससुराल भाग 2श्, श्जानम 2श्, श्दिलवालाश्, श्साथिया साथ निभानाश्, अवुरी श्मेहँदी लगा के रखनाश् रिलीज खाती तैयार किया। आशा बा कि, खेसारी आगे अपना जीवन में नाया ऊंचाई के छूईंहे अवुरी सिनेमा के एगो नाया ऊंचाई दिहे।
No comments:
Post a Comment